चइता
पुतवो करी अब राजनीतिया हो रामा पोसे लागल गुण्डा
सभका के देई पटकनिया हो रामा पोसे लागल गुण्डा
कही सभ हमके नेता जी के बाप हो,
फुफकारब हम जइसे गेहुवन सांप हो
सटी नाही केहू कगरिया हो रामा पोसे लागल गुण्डा
परती पसार कुल्ही नांवे लिखवाई,
दियवा बुता देही जे ही सोझा आई,
महल बनी हमरो पलनिया हो रामा पोसे लागल गुण्डा
( डॉ. भोला प्रसाद , आग्नेय )
Facebook Comments