Friday 24th of July 2026 09:48:07 PM

Breaking News
  • कांग्रेस का धरना ख़त्म ,हिरासत में राहुल गाँधी ,प्रियंका और अखिलेश |
  • दिल्ली प्रोटेस्ट में घायल बच्चों की मदद के लिए केजरीवाल का बड़ा ऐलान -मेडिकल और लीगल हेल्प का वादा |
  • मध्यप्रदेश विधानसभा में पारित किया समान नागरिक संहिता विधेयक |
Facebook Comments
By : Nishpaksh Pratinidhi | Published Date : 5 Feb 2022 5:46 PM |   1111 views

वसंत ऋतु

ऋतुवन के राजा बसंत बाटे आइल 
पीयर पीयर सरसो के फूल बा फुलाइल
 
बड़ बूढ़ लइकन के जोश लागल जागे
पीछे कलियन के भौरा लागल भागे
 
मटर के छेमी जस सभे क मन गदराइल
ऋतुवन के राजा बसंत बाटे आइल
 
हरियाली देखि भइल खेतवो खुशहाल
झूम झूम जउवा चूमे गेहुंवा के गाल
 
बाटे मने मन चनवा खूबे अगराइल
ऋतुवन के राजा बसंत बाटे आइल
 
कतहीं बेहोश केहू कतहीं बेहाल
देखि देखि धनिया के अइठल चाल
 
गंध मादक लिहले अमवा मोजराइल
ऋतुवन के राजा बसंत बाटे आइल
 
लउक रहल बाटे बाग बगइचा बहार 
मउज मस्ती खातिर जइसे भइल सुतार 
 
ठर्रा बनावे बदे महुआ बा कोचाइल
ऋतुवन के राजा बसंत बाटे आइल 
     
      डॉ भोला प्रसाद , आग्नेय 
Facebook Comments