Saturday 10th of January 2026 04:55:38 AM

Breaking News
  • अमित शाह कार्यालय के बाहर TMC सांसदों का प्रदर्शन ,पुलिस ने हिरासत में लिया तो भड़की महुआ मोइत्रा |
  • बिहार सरकार ने गन्ना मूल्य में 15से 20 रु प्रति क्विंटल बढ़ोतरी की |
  • उत्तर प्रदेश में गलन ठिठुरन जारी |
Facebook Comments
By : Nishpaksh Pratinidhi | Published Date : 25 Nov 2021 5:51 PM |   589 views

शरद ऋतु

शरद ऋतु आपन रंग देखावे लागल
गीत द्वारे द्वारे आ के गावे लागल
पानी सिकुड़ल नदियन के चमक नया भइल
रहल बादल उतपाती कहीं हेरा गइल
गॅवे गॅवे जब डेग शरद बढ़ावे लागल
 
गीत द्वारे द्वारे आ के गावे लागल
सोन्हापन माटी के फूलन के गंध में
भइले व्यस्त माली कुल अपने प्रबंध में
होरी धनिया के हिया हुलसावे लागल
गीत द्वारे द्वारे आ के गावे लागल
 
हरियाली लउके जइसे आइल बहार
करेले धरती आपन रातो दिन सिंगार
घमवा दुपहरियो में गुदगुदावे लागल
गीत द्वारे द्वारे आ के गावे लागल
कुछ गुंजन कलियन के गलियन से सुनाता
लागता कहीं भौरा के पंख फड़फड़ाता
 
प्यास सपना के दिनवो में जगावे लागल
गीत द्वारे द्वारे आ के गावे लागल
चमके ले दूध नीयर चम चम चनरमा
चांदनी के देख बुताइए जाले शमाँ
 
नौका विहार माझियो करावे लागल
गीत द्वारे द्वारे आ के गावे लागल
शरद ऋतु आपन रंग जमावे लागल
गीत द्वारे द्वारे आ के गावे लागल
Facebook Comments