Tuesday 13th of January 2026 06:32:19 AM

Breaking News
  • देवरिया में चला बुलडोजर,अवैध मजार ध्वस्त |
  • आर सी पी सिंह की जदयू में होगी वापसी मकर संक्रांति के बाद ,बोले -नीतीश कुमार और हम एक ही हैं|
  • मकर संक्रांति पर योगी सरकार का बड़ा फैसला , 15 जनवरी को सार्वजनिक अवकाश का ऐलान |
Facebook Comments
By : Nishpaksh Pratinidhi | Published Date : 2 Nov 2025 6:31 PM |   191 views

आजुवे के दिने मारीशस पहुंचल रहे पहिला गिरमिटीया

      सूचना -यह समाचार भोजपुरी भाषा में प्रकाशित है |
 
2 नवम्बर 1834 कलकत्ता के भवानीपुर डिपो से पहिला भोजपुरिया गिरमिटिया एटलस जहाज से मारीशस पहुंचल रहलें । पांच साल के एग्रीमेंट (गिरमिट) ग्रेट ब्रिटेन के ट्रेडिंग कम्पनी ‘हंटर-आर्बुथ्नाट एंड कम्पनी’ संगे भईल रहे ।
 
उत्तरी बिहार आ पूर्वी उत्तर प्रदेश से बंधुआ मजदूरन के बहुत कुछ देबे के वादा के संगे एग्रिमेंट भईल रहे । ई विलायती कम्पनी ओह घरी कलकत्ता आ मॉरिशस दुनो जगहा व्यापार करे ।
 
36 कुलियन के पहिला टोली के मेठ ‘स्वरुप’ रहलें आ उनुका संगे सबराम रहलें; अउरी लोगन मे कैलाशचंद , दूखन , भुमराह , बुद्धू , बिगना , चम्पा , लुगन , बुद्धराम रहलें। बांगला मे लिखल गिरमिट मे मरदाना के 5 रुपया आ मेहरारुन के 4 रुपया महीना तनखाह तय भईल । मेठ के 10 रुपया महीना आ मेठ के संगे जे रहे वाले कऽ 8 रुपया महीना तनखाह लिखाईल । भोजपुरिया मिरिच देस के पोर्ट लुई के कुली घाट पहुंचलें । 
 
1834 से 1910 के बीचे 451796 मजदूर मॉरिशस चहुंपल रहे जवना मे 346036 मरदाना आ 105760 मेहरारु रहे । लगभग 294257 मजदूर उंहवे ठहरि गईल , जबकि 157539 मजदूर देस लवट आईल आ ओहिमे से कुछ मजदूर दक्षिण अफ्रीका , ब्रिटिश गुयाना , त्रिनिदाद आ फिजी चल गईलें । ओहि काल में हजारन मजदूरा सूरिनाम, फ्रेंच रियूनियन आ अउरियो गुमनाम टापुवन ले डालें ।
 
उहे लोगवा एक दिन जागल आ भोजपुरियन के नेता सिऊसागर रामगुलाम लड़ के आजादी दियवलें आ उहे अभागा मजूरा कुल्हि नया इतिहास लिखलें। उहे आज मारीसस कऽ सरकार हवें। संयोग से हमरे जन्मदिन १२ मार्च के मारीसस के आजादी दिवस आवेला।
 
मॉरिशस पहुंचल भोजपुरियन में आजुओ अपना भासा आ संस्कार जीयत बा आ भोजपुरी के बरगद पऽ हिन्दी फुलात बा ।
 
मॉरिशस में 2 नवम्बर के अप्रवासी दिवस कहल जाला आ आजु के दिने हर जगहि छुट्टी रहेला। ओह कुली घाट के ‘अप्रवासी घाट’ के रूप में राष्ट्रीय स्मारक बनावल गईल बा आ आजु के दिन ढेरन सरकारी कार्यक्रम होला। हम ऊंहा कई बेरा गईल बानी आ अप्रवासी राष्ट्रीय स्मारक पऽ फूल चढवले बानी।
Facebook Comments